ओए न्यूज़

राम के अदालत में हनुमान जी का केस

दिसंबर 23, 2018 ओये बांगड़ू

 

हे हमार प्रभु श्री राम रउआ कहाँ

चल गइनी हमारा के छोड़ के ?

 

हम जवन आपन पूरा जीवन रउआ चरण में समर्पित कर देनी

राउर सबसे प्रिय आउर परम भक्त पर जेकरा के संकटमोचन नाम देहनी ओकरे पर आज बहुत बड़ संकट आ गईल बा हमार प्रभु काहे हमरा के छोड़ के गईनी ए पाप के नगरी, मोह माया के दुनिया में काहे नाथ काहे ?

माता सीता के दिहल अजड़-अमर के वरदान आज हमरा पर अभिशाप जईसन बन गईल बा. हमरा जाति धर्म पर लाखों सवाल उठावल जाता हमार हृदयवासी स्वामी केहु हमरा के दलित कहता त केहु ब्रह्मण के केहु जाट , त केहु खिलाडी. त एतने ना प्रभु हम त तब  स्तब्ध हो गईनी जब एगो मानव हमरा के मुस्लमान कह देहलस बात एहिजा खत्म नईखे होत हमरा के चायनीज भी कह दिहल गईल बा. हमरा से अब इ सब सहन नईखे होत. श्री राम हमरा एह केस (एफ.आई.आर) पर विचार करी एकर समाधान करी त्रिलोक के स्वामी ना त हम एहीजा आज आप के चरण में अपन प्राण त्याग के संसार से मुक्त हो जायेम |

 

रउआ बता दी ….

 

हम राम भक्त हनुमान हईं

न हिन्दू न मुसलमान हईं

 

हमार न कवनो जात बा

सुन ली सभे इहे बात बा

 

सब कर संकट हम हरेनी

दिन रात राम सेवा करेनी

 

जज़ रूपी राम तथास्तु ! कल्याण भव: आशीष पाके हनुमान जी के अस्तित्व और पहचान से इ सब प्रश्न खत्म हो जायेके चाहीं.

(राइटर-राजीव भारती )

 

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *